संदेश

हS लेबल वाली पोस्ट दिखाई जा रही हैं

हड़ताले हS

चित्र
केतना खुसी के बाति बा की काल्ह की बंद से महँगाई घटि गइल. हाँ भाई...काँहें हँसतानि...घटल नइखे का ? खैर हो सकेला रउरा खातिर ना घटल होखे पर ए बंद से हमार महँगाई त घटि गइल मतलब हमरा त बहुते फायदा भइल । अब सुनीं बतावतानी- काल्ह सबेरवें-सबेरवें रामखेलावन भाई अइने अउर हम से कहने , “ का हो चिघारू भाई , का हालि बा ?” हम कहनी , “ कुछ ना भाई. लागता महँगाई जिए ना दी। आजु लागता कामो पर जाए के ना मिली. ” हमार एतना बाति सुनि के रामखेलावन भाई त लगने जोर-जोर से हँसे. हम कहनी , “ हमार आफति में परान बा अउर तोहरा हँसल नीक लागता। ” ए पर रामखेलावन भाई कहने , “ भाई चिघारू , तोहार कवनो जबाब नइखे. हमरा इ ना बुझाला की तूँ कवने दुनिया में रहेल S?” हम कहनी , “ हम समझनी ना। ” “ त ल सुन S, हम सुनावतानी ”, एतना कहि के रामखेलावन भाई सुरु हो गइने. “ अरे भाई महँगाइए के ले के त आजु भारत बंद के नारा बुलंद करे के बा। देख S आजु की बाद महँगाई कवनेगाँ दुम दबा के भागि जाले। ” हम कहनी , “ भाई , ए बंद-ओंद से कवनो फायदा ना होई. इ सब ओट के राजनीति ह S । ए से नोकसान जनते के होई। ए में गरीब जनता ही पीसी। ” हमरी एतना कहते ...

अनुसासन हS सुसासन के जननी

चित्र
बचपन में बाबा बार-बार एगो किस्सा सुनावें। एगो बहुत धनिक-मानिक अदमी रहे। ओकर घर धन-धान्य से भरल रहे। घोरसार , हथीसार , गउसाल सब आबाद रहे। ओकरी घर में बहुते अनुसासन रहे। छोट बड़ के मान दे और बड़ छोट के नेह दे। एक बेर उ अदमी अकेले अपनी बगीचा में बइठल रहे। तवलेकहीं एगो मेहरारू उहाँ रोवत आइल। अदमी ओ मेहरारू से ओकरी रोवे के कारन पूछलसि। मेहरारू कहलसि की हम बिपति हईं , हम तोहरी पर पड़े आइल बानी। पर तोहरी घर के अनुसासन , आपस के नेह-दुलार देखि के हमरा रोवाई आवता की एतना नीमन परिवार अब तहस-नहस हो जाई। उ अदमी तनी हँसल अउर कहलसि की ठीक बा। तूँ पड़े आइल बाड़ू त परबे करबू। पर एइसन पड़ S   की हमार धन-धान्य बरबाद न होखो। घोड़ा घोरसारे रहि जां , हाथी हथीसाले अउर गाइ गउसाले। ओ अदमी के इ बाति सुनि के उ बिपति कहलसि की फेर त हमार पड़ल का कहाई। फिर उ अदमी कहलसि की ठीक बा तूं अपनी हिसाब से पड़ S   पर हमरी घर के अनुसासन पर आपन नजर मति दिह S । बिपति मानी गइल। बिपती की पड़ते उनके सबकुछ बरबाद हो गइल। घर में कुछु ना बचल। घोरा , हाथी , खेत-बारी सबकुछ तहस-नहस हो गइल। घर में एतनो अन्न ना बंचल की एक्को ...