संदेश

सुकुलजी लेबल वाली पोस्ट दिखाई जा रही हैं

बेजोड़ बानी जी - ए सुकुलजी

चित्र
आजु हमरा सुकुलजी के बहुते इयादि आवता। जब हमरा खूब हँसे के मन करेला त हम सुकुलजी के इयादि क लेनी। सुकुलजी के एइसन-ओइसन मति समझीं सभे। सुकुलजी त बहुते काम के चीज हईं। सुकुलजी त ओमे के हईं की उहाँ का बालू में से तेल निकालि देइबि। सुकुलजी जब घरे रहिहें त फटही बंडी अउर लुंगी पहिनी के , कांधे पर गमझा लटका के , नंगे गोरे पूरा गाँव का जवार घूमि दिहें पर उहे सुकुलजी जब कवनो रिस्तेदारी में जाए के तइयार होइहें त गवनही मेहरारू कुल की तरे सजिहें , सँवरिहें। पता ना सुकुलजी के बाबूजी उनकी बिआहे में कोट सिउआ के सही कइने की गलती , इ हम ना कहि सकेनी पर आजुओ बिआहे की 20-22 साल बादो सुकुलजी के कोट ओहींगा चमकता। हँ इ अलग बाति बा की ओमे-किसिम-किसिम के बटाम लागि गइल बा। अब रउआँ सोंचति होखबि की इहाँ कोट के बखान काहें कइल जाता , त हम इ कहल चाहतानी की जब सुकुल जी कहीं पहुनाई में निकलिहें त इ आपन बिहउती कोट अउर बिहउती मोजा-जूता जरूर पहिनिहें। सुकुलजी के अगर रऊआँ उनकी गाँव में देखि लेइबि त इहे कहबि के कवनो भकभेल्लर ह चाहें हँसमतिया के भाई ह पर उहे सुकुलजी जब गवनहीं मेहरारू कुल की तरे बनि-छनि के रिस्तेदारी...