संदेश

गरभ लेबल वाली पोस्ट दिखाई जा रही हैं

मति मारीं हमके

चित्र
ओई दिन माई घर की पिछुवाड़े बइठि के मउसी से बार झरवावत रहे। तवलेकहिं बाबूजी आ गइने अउर माई से पूछने की का हो अबहिन तइयार ना भइलू का ? केतना टाइम लगावतारू ? माई कहलसि , “ बस हो गइल , रउआँ चलिं हम आवतानी। ” खैर हम समझि ना पवनी की कहाँ जाए के बाति होता। हम लगनी सोंचे की बिहाने-बिहाने बाबूजी माई के लिया के कहाँ जाए के तइयारी करताने। अरे इ का तवलेकहिं हमरा बुझाइल की मउसी त सुसुक-सुसुक के रोवतिया। हम तनि उदास हो गइनी काहें की हमरा लागल की मउसी के रोवल कवनो सुभ संकेत त नहिए बा। हम बहुत कोसिस कइनी की मउसी से ओकरी रोवे के कारन पूछीं पर आखिर कवनेगाँ। हमार आवाज के सुनी। अबहिन हम एही उधेड़बुन में रहनी तवलेकहीं माई मउसी से कहलसि की ते काँहे रोवे लगले। ए पर मउसी सुसुक-सुसुक के कहल सुरु कइलसि , “ दीदी , तें पढ़ले-लिखले की बादो एतना गलत काम करे जा तारे। अरे लइकिनी त लछ्मी के रूप होले। अगर संसार में लइकिनी ना रहेंकुलि त संसारे ना चलि अउर ते बारे की बबुनिया के हत्या करवावे जा तारे , उ बबुनिया जवन अबहिन ए दुनिया में कदमों नइखे रखले। खैर ओकरा का मालूम बा की आज के मनई एतना क्रूर बा कि ओकरी आगे कंसवो फे...