रासिफल जिए ना दी (व्यंग्य)

सबेरे-सबेरे हम अखबार खोलते आपन राशिफल देखेनी अउर ओही आधार पर दिन के सुरुवात करेनी। खाली हमहीं नाहीं, हमार मलिकाइनियो टीबी खोलते पहिले उहे चैनल देखेली जहँवा से राशिफल आवत होखो। अरे भाई, उनकरा तS इ मालूम बा की कब कवने-कवने चैनल से राशिफल देखावेला। एइसन बाति नइखे की उनकरा राशिफल देखल बहुते अच्छा लागेला। उ तS खालि हमार राशिफल देखेली आपन ना। राशिफल देखले की बाद उ सीधे अउर साफ तौर पर हमके हिदायत दे दे ली की आज के दिन कइसे हमरा काटे के बा।
आजु जब हमार इयार बहोरन अइने हँ त हम उनसे कहनी हँ की इयार, हम त राशिफल से परेशान हो गइल बानी। का करीं कुछ समझ में नइखे आवत। हमार इयार कह ताने की तूँ मरदवा एतना हुँसीयार होखले की बादो राशिफल पर विस्वास करेलS? इनकर बाति सुनि के हम कहनी की, दु मरदे, अगर हम ना करबी त के करी। हमहुँ पंडिते हईं। हम कबो ना चाहबि की राशिफल पर से लोग के विस्वास उठि जा। अरे भाई केतने पंडितन की रोजी-रोटी के सवाल बा।
आगे हम कहनी, अरे इयार, जब से इ राशिफल देखे के हम सौख पलले बानी, जिनगी में भूकंप आ गइल बा। हमार इयार कहने उ काँहे। हम कहनी, कल्हिएँ के बाति हS, अखबार खोलि के जब आपन राशिफल देखत रहनी त ओमे साफ-साफ लिखल रहे की आजु बाहन के सुख लिखता, जतरा के आनंद मिली, दिन बहुते सुख से कटि। हमार इयार पूछने तबहम कहनी अरे का तब? तबलेकहीं हमार मलिकाइन आ गइली अउर कहली आजु रउआँ के कहीं घर से बाहर निकलले के ताक नइखे। हम पूछनी की काँहे त कहे लगली की राउर आजु के राशिफल ठीक नइखे। अब्बे टीबी में देखनी हँ। हम पूछनी की का सुनलू ह तूँ? S मलिकाइन कहे लगली की पंडिताइनजी बतावत रहली ह की आजु रउरा के जतरा में कस्ट लिखता। बाहन दुर्घटना होई। हम उनके अखबार देखवनी अउर कहनी की हेमें देखबु का लिखल बा त उ पिल परली अउर कहतारी की अखबारे में गलती-सलती लिखेनेकुलि। टीबी में के सही होला। आजु कुछु हो जाव पर रउआ के घर में से बाहर नइखे निकले के। हम आपन कपार पकड़ि के बइठि गइनी।
अउर आजु के बाति सुनS इयार। आजु एकदम सबेरवें मलिकाइन जब चाय ले के अइली हS S बहुते मुस्कियात रहली हS। हम पूछनी हँ की का बाति बा, लड्डू फूटता, त कहतारि की आजु की रउरी राशिफल में बा की परिवार की साथे घूमे गइल ठीक रही। कहीं होटल आदि में खाना खाईं अउर पूरा दिन परिवार की साथे बिताईं। अब तूँ बतावS, हम का करींअउर एतने ना, ए राशिफल की वजह से हमरा महीना में सात-आठ दिन घर से बाहर परिवार की साथे बितावे के परता, रेस्टोरेंट में खइले के बिल चुकावे के परता। अब तS बासो के धमकी मिल रहल बा की अब हम अगर एहींगा छुट्टी लेत रहबि तS बहुत जल्दिए हमके ए काम से हाथ धोवे के परी।
हमार इ बातन के सुनि के हमार इयार कहने खैर, अब का कइल जा सकेला। तूँ पंडित हवS S राशिफल अउर जोतिसाचार्य के अपमान ना क सकेलS अउर भउजी राशिफल देखल ना छोड़ सकेली काहें कि एही बहाने उनके बहारि बा भले तोहरा खातिर जंजाल बा। पर हाँ तनि एगो काम करS जवन हमरा उधार बा तोहरी पर दु हजार उ दे दS। हमरा एगो जरूरी काम बा अउर पइसा के बहुते दरकार बा। हम कहनी की इयार हम त तहई से आजुवो एक हजार करजा माँगे आवे के रहनी हँ तवलेकहीं तूहीं आ गइलS। अउर हाँ, आजु हमरी मलिकाइन की अनुसार, नाहीं भाई राशिफल की अनुसार लेन-देन कइल ठीक ना रही। हमार इ बाति सुनि के हमार इयार कहने की ठीक बा आजु की बाद हमहुँ राशिफल देखले की बादे तोहके करजा देइबि अउर उठि के चलि गइने हँS अउर हम आपन कपार खजुआवे लगनी हँS
जय हो राशिफल बतावनिहार लोगीं। तोह लोगन से एक्के बिनती बा कि राशिफल बतवले से पहिले एक साथ बइठि के इ डिसाइड कS S जा कि आजु का बतावे के बा। काँहें हमरी जिनगी में जहर घोलले पर टुटल बाड़ जा।

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

अवतारी पुरुस

इयादि आवता लरिकाई