अवतारी पुरुस


छोट रहनी हँS S कई बेर केहू-केहू कहि देत रहल हS की ए बाबू अवतारी हउअS का? एकदिन रहाइल ना अउरी हम पूरा गाँव-गिराँव, हित-नात सबके बोलवनि अउरी कहनी की रउआँ सभे जानल चाहत बानी न की हम अवतारी हईं की का हईं. तS रउआँ सभे धेयान लगा के सुनि ली सभें की हम अवतारिए हईं. अउरी हम अपनी अवतार लेहले के कथा सुना दे तानी. रउओं सब सुनीं-
ई बाति तब के हS जब हम इंदरलोक में चापलूसी अउरी नेतागीरी विभाग के हेड रहनी. अगर ओ समय केहू के चापलूसी चाहें नेतागिरी सीखे के होखे तS ऊ हमसे संपर्क करे. अब तS रउआँ सब के बुझाइए गइल होई की नेतागिरी अउरी चमचागीरी की बल पर हम इन्नर भगवान की केतना करीब होखत होखबि.
एकबेर के बाति हS की हम इंदरासन में इन्नर भगवान की संघे बइठि के सुरा अउरी अधनंगी सुंदरियन की नाच अउरी गीति के आनंद लेत रहनी. रउआँ सब इहाँ सुरा के अरथ देसी अउरी ठर्रा न समझि के सोमरस अउरी सुंदरियन के मतलब अपसरा समझीं. हम सुरा-सुंदरियन में एतना लीन रहनी की भगवान के उहवाँ आइल हमरा पते ना चलल. भगवान की आवते नाच-गाना बंद हो गइल अउरी साथे-साथे रसपानो के मजा किरकिरा हो गइल. इ सब देखि के हम चिहा गइनीं की अरे, इ का हो गइल? रंग में भंग??
तवलेकहीं का देखतानि की हमरी समनहीं भगवान गुस्सा में खड़ा बाने अउरी उनकरी पीछे इन्नर भगवान खड़ा हो के बेना डोलावताने अउरी हमके देखि के धीरे-धीरे मुस्किआताने. हम सब समझि गइनी अउरी इहो की अब हमार खैर नइखे. एकाएक भगवान हमरी पर घोंघिअइने,"अरे तें तS आदमी की जात के देवता बाड़े, तोर इहवाँ कवन काम? तें तS हर परकार की बुराई में नंबर वन बाड़े. तोके अब्बे एही बेरा धरती पर जाए के परी, इहे हमार आग्या बा." भगवान के इ बाति सुनि के हम बहुत रोवनी-गिड़गिड़इनी पर भगवान हमार एक न सुनने. तबे हमार एगो साथी हमरी काने में बुदबुदाइल, "काँहे बेवकूफी करSतारे भाई. आँखि बंद कS के धरती पर अवतार ले ले. अरे तोरा बुझाता की धरती पर तें अपनी मन के मालिक रहबे अउरी जेतना रंगरेली मनावल चहबे, गलत काम कइल चहबे, एगो नेता बनते चाहें सीधा भासा में कहीं तS एगो मनई बनते आसानी से संभव हो जाई."
हाँ तS संघतिया लोग (अरे भाई अब तS हमहुँ मनई तू हूँ मनई, S भइनीजान न संघतिया)! भगवान की आग्या से हम 1 जनौरी 1976 के उत्तर-प्रदेश की देउरिया जिला (देवरिया जिले) (जवन बिहार की सीमा से लागल बा) की गोपलापुर (गोपालपुर) गाँव में एगो मध्यमवर्गीय बाभन परिवार में अवतरित भइनीं. इहवाँ आप सब के कोतुहल होत होई की हम उत्तर परदेस की वही जिला के काहें चुननि जवन बिहार की सीमा पर बा? एकर कारन इ बा की जब हम इंदरासन से धरती के निहरनीं (अवलोकन कइनीं) तS इहे अस्थान हम के एइसन लउकल जहवाँ घर-घर में नेतागिरी के सबसे अधिक खेती होला. ए छेतर की लोग के लागेला की नेतागिरी तS बाप के बपौती हS. अउर अब तS रउआँ सभें समझिए गइल होखबि सभें की ए जबाना में नेतागिरी के संगी-संघतिया के बा; अरे काकाजी! झूठ, गलगोदई, लउरलबेदई, हमके मिलो घीव भले देस अउरी समाज जाव तेल लेबे, इहेकुल न.
हाँ तS अब आगे के दास्तान एतने बा की हमहुँ जइसे-जइसे बड़हन होत जा तानी, लीला करत जा तानी फरक एतने बा की ए लीला में परेम नाहीं वासना बा, दूसरे के भलाई की जगह पर आपन भलाई बा, देश के भाड़ में भेजि के आपन कमाई बा, दूसरे की दुख में घड़ियाली रोवाई बा, लोग के बेवकूफ बना के खूब हँसाई बा, केहू के दुख दे के ओकरी अँसुओ के पोछाईं बा, भगवानो की नाव पर खूब लुटहाई बा, मंतरी-संतरी बनि के राजा-महराजा लोगन की तरे जिआई बा. अब एतना मजा तS हमके कबो इंदरासनों में ना मिलल होई. हँसी मत, हम ना नेता हईं ना अधिकारी अउरी हाँ धरमगुरु अउरी समाजसेवको ना हईं?
अब हम इहवें रहबि आराम से पर का हम आराम से रहि पाईबि??? ठीक बा अगर हम सुख-चैन से रहिओ गइनी तS हमरि लोग-लइकन के का होई? सोंचतानि इ लीला कS के कहीं हम अपनी पैर में कुलहाड़ी तS नइखीं मारत??? कहीं हमरी ए लीला के खमियाजा त हमरी लोग-लइकन के ना भुगते के परी? हम सोंचतानी, रउओ सोंचीं.... धन्यबाद।

टिप्पणियाँ

इस ब्लॉग से लोकप्रिय पोस्ट

रासिफल जिए ना दी (व्यंग्य)

इयादि आवता लरिकाई