लंठई
अरे खूब मोन परता। एक बेर गाँव की कुछ लुहेड़नकुल की साथे कमधेनवा गइनीं। दरअसल कमधेनवा नदी ओ पार बा अउर ओ गाँव की केतने जाने की घरे हमरी गाँव की केतने जाने से नेवता-हँकारी होला। अगर हमरी गाँवे सादी-विआह पड़ी तो ओ गाँव के लोग गोल बना के आई अउर ओहींगा ओ गाँवे कुछ परी त हमरी गाँव के लोग गोल बना के जाई। साझी खान के समय रहे। हमरी साथे पट्टीदारी के कुछ अउर लोग रहे। लोग ना कहबि काहें की सब त लंठे रहने कुल , एक से बढ़ि के एक। 5-7 जाने रहनीं जाँ। कमधेनवा में जाए खातिर नदी पर एगो बाँस आदि से बनावल , सँकरा , हिचकोला मारेवाला पुल रहे। इ पुल खाली गर्मी की दिन में काम आवेला ना त बाकि दिन त नाइ से पार जाए के परेला। हमनी जान आपस में तय कइनी जाँ की तीरछे , पैदले दउरत-परात चलि चलल जाई अउर खा-पी के 10-11 बजे राति ले घरे आ जाइल जाई। कमधेनवा पहुँचनी जाँ , खाना-ओना खा-ओ के जब चलनी जाँ त नदी पार क के ए बगल पुलवे की लगे खड़ा हो गइनीजाँ। भइल का की तवलेकहीं कवनो अउर गाँव (ओ गाँव के नाव ना लेइब , काहें की ओहु गाँव में हमार रिस्तेदारी ह....अउर ओ लोगन के पता चलि जाई कि ए लंठई में हमहुँ रहनी त हमरा खातिर ठीक...