संदेश

गोपालपुर लेबल वाली पोस्ट दिखाई जा रही हैं

मुन्नर बाबा के दुख

चित्र
मुन्नर बाबा कवनो जयोतिसी ना हउअन ना कथा बाँचेवाला पंडित। मुन्नर बाबा त S एगो साधारण गँवई हउअन। उनकी लगे दु-चारी कठा खेत बा , बस ओही में अझुराइल रहेने अउरी खाए-पीएभरी के कवनोगाँ उपजा लेने। मुन्नर बाबा के घर चमरटोली में बा अउरी इ चमरटोली गाँव की उत्तर में बा। गाँव में केहु की घरे विआह-उआह होखे उ मुन्नर बाबा के जरूर इयाद करेला। आ इयाद काहें ना करो भाई , जवले मुन्नर बाबा आपन टुमकी-नगाड़ा नाहीं ले के अइहें , माँगर कवनेगाँ पूजाई ? हम देखलेबानी की घर के मेहरारू गीत गावत पहिले मुन्नर बाबा की टुमकी-नगारा के पूजा करेनीकुली ओकरी बादे अउरी कवनो काम सुरु होला। कबो-कबो जब गाँव में एके समय दु-तीन घरे विआह-सादी पड़ी जाला त S मुन्नर बाबा सबकी घरे जा-जा के आपन टुमकी-नगाड़ा बजा देने। घर में से जब दुलहा अउरी ओकरी पीछे-पीछे गीत गावत मेहरारू निकलीहें कुली त S संगे-संगे मुनरो बाबा टिमटिमावत निकलिहें। कबो-कबो त S कवनो लइका मुन्नर बाबा से उनकर टुमकी-नगारा बजावे के माँगी अउरी लंठई में कस के बजा के फोड़ी दी त S मुन्नर बाबा खाली एतने कहिएँ की इ का कइल S ए बाबू। चल तोहरी घरे अब ओरहन दे तानी। सम्मती जरावे की...

इयादि आवता लरिकाई

चित्र
बाबूजी के डाँटल अब बरदास्त से बाहर हो गइल रहे। हम माई से कहि देहनी की बाबूजी के समझा दे ,  बाति-बाति पर घघोटें मति। अब हम लइका नइखीं। कहीं एइसन मति होखे कि हमरियो मुँहे में से उलटा-सुलटा न निकलि जाव। ए पर माई हमके समझावे अउर कहे की बाबू ,  तोहरे बाप न हउअन ,  तोहरी अच्छे खातिर डाँटेने। अपनी बाप की बाति के केहु बुरा मानेला का। एकरी बाद हम माइयो की बाति के अनसुना क के घर से बाहर चलि जाईं। रोज साँझीखान माई से कुछ रुपया-पइसा लीं चाहें झोरा में दु-चार किलो अनाजे ले लीं अउर साइकिल उठा के बाजारी की ओर निकल जाईं। बाजारी में इयारन कुलि की साथे खूब चाह-पकउड़ी कटे अउर ओन्ने से पान चबात ,  थूकत ,  खिखिआत घरे चली आईं। एन्ने बाबूजी अउर माई दिनभर घर में ,  खेत्ते में काम करे लोग। सबेरे उठि के माई चउका-बरतन करे अउरी बाबूजी चउअन के सानी-पानी अउर गोबर-गोहथारि करें। ओकरी बाद दुनु परानी कुछु रुख-सूख खा के हँसुआ ,  खुरपी ,  कुदारी उठावे लोग अउर खेत्ते की ओर निकल जाव लोग। एन्ने हम दिन उगले ले खटिया तूड़ी अउर उठले की बाद बार-ओर छारि के मटरगस्ती में लागि जाईं। ...

अवतारी पुरुस

चित्र
छोट रहनी हँ S त S कई बेर केहू-केहू कहि देत रहल ह S की ए बाबू अवतारी हउअ S का ? एकदिन रहाइल ना अउरी हम पूरा गाँव-गिराँव , हित-नात सबके बोलवनि अउरी कहनी की रउआँ सभे जानल चाहत बानी न की हम अवतारी हईं की का हईं. त S रउआँ सभे धेयान लगा के सुनि ली सभें की हम अवतारिए हईं. अउरी हम अपनी अवतार लेहले के कथा सुना दे तानी. रउओं सब सुनीं- ई बाति तब के ह S जब हम इंदरलोक में चापलूसी अउरी नेतागीरी विभाग के हेड रहनी. अगर ओ समय केहू के चापलूसी चाहें नेतागिरी सीखे के होखे त S ऊ हमसे संपर्क करे. अब त S रउआँ सब के बुझाइए गइल होई की नेतागिरी अउरी चमचागीरी की बल पर हम इन्नर भगवान की केतना करीब होखत होखबि. एकबेर के बाति ह S की हम इंदरासन में इन्नर भगवान की संघे बइठि के सुरा अउरी अधनंगी सुंदरियन की नाच अउरी गीति के आनंद लेत रहनी. रउआँ सब इहाँ सुरा के अरथ देसी अउरी ठर्रा न समझि के सोमरस अउरी सुंदरियन के मतलब अपसरा समझीं. हम सुरा-सुंदरियन में एतना लीन रहनी की भगवान के उहवाँ आइल हमरा पते ना चलल. भगवान की आवते नाच-गाना बंद हो गइल अउरी साथे-साथे रसपानो के मजा किरकिरा हो गइल. इ सब देखि के हम चिहा गइनीं की अरे...

लहसुन में गुन बहुत बा....

चित्र
राम-राम !   काका , काकी , भइया , भउजी , बाबू अउर बबूनी लोग। का होत जाता ?  सब बढ़िया बा नू। कल्हियाँ रमेसर काका ब भेंटा गइल रहली। अस्पताले से लौटल रहली। बतावत रहली की सुगर बढ़ि गइल बा। अरे एतने ना कोलेस्ट्रालो बढ़ि गइल बा। डाक्टर साहब खाँचीभर दवाई देले बाने खाए खातिर। रउरो सब की आस-पास केतने काका-काकी , भाई भउजी होई लोग जे सुगर , कोलेस्ट्राल आदी से परेसान होई लोग। तँ आईं कईगो पत्रिकन , बेबसाइटन पर दिहल गइल लेखन के सार हम इहाँ प्रस्तुत करतानीं जवने में इ बतावह गइल बा की लहसुन की उपयोग से सुगर , कोलेस्ट्राल आदि के घटावल जा सकेला अउर ए बेमारियन से छुटकारा पावल जा सकेला। लहसुन में गुन बहुत बा , खाईं एके रोजो , स्वाद त मिलबे करी , फिट रही सरीरो। लहसुन के माया अपरंपार बा। खाली लहसुने के ना प्रकृति प्रदत्त हर एक बस्तुअन के। खैर हम इहाँ लहसुन के गुन बता रहल बानी। लहसुन खाली एगो मसाला ही ना , खाली एकर परयोग भोजन में स्वादे ले आवे खातिर ना कइल जाला , ए के खइले से केतने बेमारी लगे ना भटकेला लोग , अरे एतने ना अगर कुछ बेमारी पासो आ गइल लोग त दुम दबा के भागि जाला लोग। प्र...

पेंचर पहुना

चित्र
कल्हिए रमेसर काका एगो   टा ली के परची दे गइल रहुअन। ऊँखी छिलवावे के रहुए ए से आजु सबेरवें ऊँखी छिलवावे खातिर   पूरा गाँव की लोग के चला के हमहुँ   ऊँखियारी में चलि गउँवीं। रउआँ सभें त जानते बानी की जेकरा एक्कोगो चउवा   बा   आ चाहें पलानी-ओलानी छावे के बा उ जाड़ा-पल्ला थोड़े देखेला। केतनो जाड़ा पड़त रहो लोग-लइका कंबल-ओंबल ओढ़ि के चाहें गाँती-ओंती बाँधि के ऊँखी छिले खातिर भिनसहरवे   ऊँखिआरी की ओर   चलि देला। गाई-गोरू के खाए खातिर गेड़ त गेड़ कुछ लोग पलानी-ओलानी छावे खातिर पतइओ बाँधि ले आवे ला। अरे एतना ना आजकल त लवना के काम भी ए पतई से चलि जाला अउर ए जाड़ा-पल्ला में तापहुँ की कामे आवेला।   केतना हँसी-ठिठोली होला ऊँखी छिलले में। आनंद ही आनंद रहेला। खूब ऊँखियो चीभे के मिलेला अउर सबेरहीं-सबेरहीं पूरा गाँव का अगल-बगल की गाँवन के समाचार भी इहाँ मिली जाला।   हँ त भ उ वे इ की ऊँखी की खेत्ते में से हम छिलल ऊँखी ढोवा के सेक्टर पर टाली पर लदवावत रहुवीं तवलेकहीं का देखतानी की ओही जाड़ा-पल्ला में पेंचर पहुना साइकिल डुगरावत चलल   बाने । अरे पें...