बचपना
जाड़ा के दिन
रहे...ना-ना, जाड़ा ना, जाड़ा बीतत रहे,
मारच चाहें
अपरैल होई, एम.ए. के परीछा चलत रहे। हमार एक्के पेपर बँचल रहे अउर बाबा के देखावे
खातिर की खूब तइयारी करतानी, विकास पयंटवा की जेबवे में खोंसि के घूमि। बाबा दुआरी पर खटिया पर बइठल रहने, 2-4 आदमी अउर रहे, दिन के 3 चाहें 4 बजत होई, कुछ बात-चीत चलत रहे तवलेकहीं कुछ लुहेड़ा उपटने कुल अउर हमके
हाँक लगवने कुल...घर में से बाहर निकलनी अउर बाबा से आँखि बचावत ओ कुल के आगे चले
के इसारा क के डिहुआर बाबा की लगे पहुँचि गइनीं....तय भइल की होरहा के सीजन बितत
चली जाता, त सालि के अंतिम होरहा लगा लेहल जाव। बातेचीत में
पता चलल की नहरी की ओ बगल पंडी जी (हमनी जान, अपनी गाँव की बुड़वा पंडीजी के ठाकुरजी-ठाकुर जी
कहत रहनी हँ जा, कांहे की बुड़वा पंडीजी के गोर लगले पर उहाँ का ठाकुरजी-ठाकुरजी कहल करीं...साथे-साथे..कबो-कबो
कहीं की अरे इ लइका त दाँति गइल....बोल बाबू...जय ठाकुरजी) के खेत्ते में जबरजस्त मटर लागल बा। एक-एक क के
मतलब आगे पीछे-हो के हमनी जान नहरी की ओ बगल पहुँचि गइनी जाँ....एगो लइका नहरी पर
खड़ा हो के एन्नो-ओन्ने नजर राखे लागल अउर हमनी जान फटाफट 2-3 अँकवारि मटर उखाड़ि के छिपत-छिपावत सिधावें गाँव
की ओर भगनी जाँ। सिधावें की एनिए एगो बारी रहे...उहवें होरहा लागे के प्लान बनल।
खट-खटाखट 5-7 गो ऊँखी तुड़ी के आ गइल....थइली में से माचिस
निकलाइल अउर थोड़े उँखी के पतई लिआके बरा गइल... फेर दु गो ऊँखी के दु आदमी लहासी
की दुनु ओर हो के पकड़ि लेहल अउर ओही पर मटर गँजा गइल....मजेदार होरहा
लागल...बिन-बिन के खूब खवाई भइल....मुँहें हाथे में खूब करिखा लागि गइल रहे...फेर
एगो गड़ही में जा के हाथ मुँह धोवनी जाँ अउर चुपके से घरे चलि अइनी जाँ।
अब एन्ने का भइल की पंडीजी खेत घूमे गइनीं, उहाँ की मटरे की
खेत में हमार विकास गिरी गइल रहे...हमरा जल्दी-जल्दी में पते ना चलल रहे....उ
विकास उठा के पंडीजी बाबा के ले आ के दे देले रहनीं अउर साथे-साथे इहो बता देहले
रहनीं की उहाँ की खेत्ते में से मजिगर 2-3 बोझा मटर उखड़ाइल बा....पर पंडीजी इहो कहले रहनी
की लइका हवें कुल ए से डँटले के ताक नइखे। जय हो....बाबा हमके बोलवने अउर बिकास
देत खालि एतने कहने की बाबू एक लइका के बाप हो गइलS पर सुधरलS ना....हम मुँह
ओरकवले...घर में चलि गइनीं। पहिले की लोग में बहुत सहनसक्ति रहे...अब त एइसन क
देहले पर कपरफोड़उअल हो जाई। जय-जय।

टिप्पणियाँ
एक टिप्पणी भेजें