संदेश

पिअS लेबल वाली पोस्ट दिखाई जा रही हैं

पानी पिअS छानि के अउर गुरु करिहS जानि के

चित्र
गुरु के महत्ता जगजाहिर बा। गुरु सच्चा मार्गदर्सक होला। जवनेगां एगो माई अपनी बचवन के राह देखावेले , पालि-पोसी के समाज में जीए के ढंग सीखावेले , गरमी-बरसात से बचावे ले ओहींगा गुरु जी भी अपनी चेलन के ममता की गोद में राखेने। अगर सच्चा गुरु मिलि गइनें त समझीं राउर जीवन के उध्धार हो गइल , राउर मनुज रूप सार्थक हो गइल , सच्चा गुरु की मिलले से खाली अपने उध्धार ना होला , अपने लाभ ना होला , अपितु मनई जवने सभा-समाज में रहेला , ओ सब के उद्धार हो जाला। देस में नेता , अगुआ भइले से जरूरी बा की अच्छा गुरु होखे लोग। अगर देस-समाज में अच्छा गुरु होई लोग त देस , समाज अपनी आपे सद विकास की मार्ग पर आगे बढ़त दुनिया के भी राह देखाई अउर पूरा विस में सुख-सांति के हवा बहे लागी। हमरा लागेला की कवनो भी समाज-देस की सही विकास खातिर इ जरूरी बा की सच्चा गुरु होखे लोग। अगर सच्चा गुरु होके लागी लोग त अपनी आपे देस में , समाज में अच्छा नेता , अच्छा इंजीनियर , अच्छा डक्टर आदी के संख्या बढ़े लागी। गुरु की महत्ता के प्रतिपादित करत , गोस्वामी तुलसी दास महराज के एगो दोहा हम इहाँ देहल जाहबि – बंदउँ गुरु पद कंज कृपा सिंध...